भोजपुरी सिनेमा के पावरस्टार पवन सिंह, फिल्म निर्माता जसवंत कुमार आ निर्देशक सुजीत कुमार सिंह के तिकड़ी एगो नया धमाल मचावे वाली बा. मोस्ट वेटेड पावरस्टार पवन सिंह अभिनीत भोजपुरी फिलिम ‘वांटेड’ के बहुते बड़हन कैनवास पर बनावल जा रहल बा.
नायक, निर्माता आ निर्देशक के ई शानदार तिकड़ी अबे हालही में देशभक्ति भरल भोजपुरी फिलिम ‘वांटेड’ के शूटिंग पूरा क लिहले बाड़ें. शूटिंग उत्तर प्रदेश के खूबसूरत पर्यटक स्थलन पर कइल गइल बा. हालांकि फिलिम के कुछ गाना मुंबई के खूबसूरत जगहन पर फिलिमावल जा रहल बा.
फिलिम के फगुआ का मौका प पूरा देश में रिलीज करे के प्लान बा. एकर तइयारी जोर शोर से कइल जा रहल बा.
‘वांटेड’ के निर्माण श्री जे सोहरता प्रोडक्शन का बैनर तले हाखत बा. निर्माता जसवंत कुमार, निर्देशक सुजीत कुमार सिंह, लेखक वीरू ठाकुर, संकलन दीपक जौल, छायांकन वेंकट महेश आ एक्शन बाजी राव के बा,
मुख्य भूमिका में पवन सिंह का साथे मणि भट्टाचार्य, अमृता अचार्या, वैष्णवी गुप्ता, उपेन्द्र यादव, विपिन सिंह, अयाज खान, दीपक सिन्हा, जेपी तिवारी, बृजेश त्रिपाठी, जय सिंह, बबिता सिंह, जय प्रकाश सिंह, मधु सिंह राजपूत, जस्सी सिंह, प्रेम दूबे, अनूप लोटा, स्वीटी सिंह, धामा वर्मा, प्रकाश वर्मा, उजैर खान आ जसवंत कुमार शामिल बाड़ें.
(रामचन्द्र यादव)
You must be logged in to post a comment.