आदित्य ओझा के सुगना-2 पिछला शुक का दिने बिहार में रिलीज

बिहार में रिलीज होखे वाली एह साल के पहिला सिक्वल भोजपुरी फिलिम होखी सुगना 2. ब्राउनआई इंटरटेनमेंट के बनावसल ब्लॉक बस्टर फिलिम सुगना के दर्शकन के फेरु मिली रोमांच उठावे के मौका. ई दावा बा फिलिम के निर्देशक अजय ओझा के.

पिछला शुक 2 फरवरी का दिने एह फिलिम के बिहार आ झारखंड में रिलीज दीहल गइल. यूपी में एकरा के रिलीज कइल जा चुकल बा.

सुगना 2 के निर्माण सद्भावना फिल्म्स आ ब्राउन आई एंटरटेनमेंट का बैनर में निर्माता राम भारत, विपिन आ सत्यदेव पचौरी कइले बाड़ें. निर्देशक अजय ओझा, सहनिर्माता अभिषेक शुक्ला, लेखक अब्दुल बली खान, पटकथा आ संवाद खुद अजय ओझा के, गीतकार फणिन्द्र राव, संगीतकार गुणवंत सेन, कैमरामैन अशोक चक्रवर्ती आ एडिटर हउवें प्रणव पटेल.

कलाकारन मे एक्शन किंग आदित्य ओझा, नेहाश्री, नेहा सिंह, अजय सूर्यवंशी, अकबर नकवी, गोविन्द खत्री अउर रत्नेश बरनवाल शामिल बाड़ें.


(शशिकांत सिंह)

Share Button